दिल में बसा के हमके जिन्दगी बनइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
सारी सारी रात पिया याद तोरि आवे
दिल में हिलोर उठे जियरा जरावे।
मन के अगन पिया काहें ना बुझइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
तोरि तिरिया के लोग मारे ताना
तोके बिसरावे के मिले ना बहाना
बुझत मोरि जिनगी के काहें ना जियइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
सब छोड़ि छाड़ी मन जोगन बनेके कहे
तोहरे बिरह मन अब ना जले के सहे
मन मोरा पंछी बहुत काबू कइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
दिल में बसा के हमके जिन्दगी बनइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
सारी सारी रात पिया याद तोरि आवे
दिल में हिलोर उठे जियरा जरावे।
मन के अगन पिया काहें ना बुझइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
तोरि तिरिया के लोग मारे ताना
तोके बिसरावे के मिले ना बहाना
बुझत मोरि जिनगी के काहें ना जियइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
सब छोड़ि छाड़ी मन जोगन बनेके कहे
तोहरे बिरह मन अब ना जले के सहे
मन मोरा पंछी बहुत काबू कइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
दिल में बसा के हमके जिन्दगी बनइलो
काहें ना अइलो पिया काहें ना अइलो।।
No comments:
Post a Comment